Ticker

6/recent/ticker-posts

प्रेम के बुखार : भोजपुरी शायरी लव स्टोरी Bhojpuri Shayari Love Story

मजेदार भोजपुरी शायरी Bhojpuri Love Romantic Shayari Status

प्रेम के बुखार : भोजपुरी शायरी लव स्टोरी Bhojpuri Shayari Love Story

Bhojpuri Love Shayari | Romantic Shayari Status

प्रेम के बुखार
भोजपुरी रचना
राते में हमरा दिन हो जाला,
अईसन हमार नीन हो जाला।
टर्च बारके लागिले खोजाए,
मनवा हमार खिन हो जाला।।
का कहीं केकरा से आपन बतिया,
नीनो ना आवे हमरा सारी रतिया।
लिहले बा हमर दिल जे चोरा के,
आज नजर छुपावे उहे संहतिया।।
का कहीं हम आ केकरा से कहीं,
काम करिले त दिन भाग जाला।
प्रकृतियो आज करत बा बगावत,
रात सुतीले त रात भाग जाला।।
देख देखके हम तबाह होत बानी,
फुलत पचकत रहत बा छतिया।
तरस ना आवे हमरा पर उनको,
अरुण दिव्यांश के देख दुर्गतिया।।
अपने आदत से लाचार हम बानी,
हाल पूछेला आके हमर चटिया।
अईसन बुखार ई त प्रेम के बाटे,
कतना बदलत रहीं हम पटिया।।
ई बुखार चढ़ल गजबे आज बाटे,
एकरा इलाज के दवाईए पार बा।
नईखे एह बुखार के सिरप दवाई,
योगो व्यायाम एक में बेकार बा।।
बाड़न आईल बीमारी के चपेट में,
लोग के लपेटे में अईलन लपेट में।
रुपया कमाईल त रहल बड़ी दूर,
शुद्ध से अन्नो नईखे पचत पेट में।।
अन्न ना पची त बात कहाँ से पची,
कवन बात केकरा जँची ना जँची।
देख आपन आ दुनिया के हालत,
अरुण दिव्यांश रचना कतना रची।।
अरुण दिव्यांश 9504503560
पूर्णतः मौलिक
और अप्रकाशित रचना।


भोजपुरी मुक्तक - कठोर करेजा

हीया मे समाई पिया गईला तू भुलाई हमके आवेला रोआई।
रहीया जोहत मोर अंखियां पिराई बिरहिन जान अब जाई।
कईला कठोर काहे करेजा हरदम दिनवा अंगूरी गिनी मोर राजा।
तरसेला नैना देता सूरतिया दिखाई आके पियसिया मोर
बुझाई।
श्याम कुंवर भारती
हिंदी उर्दू साहित्य संसार
Read More और पढ़ें:

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ