Ticker

6/recent/ticker-posts

सास बहू की लड़ाई सास ससुर पर शायरी भोजपुरी में : भोजपुरी गीत

सास बहू की लड़ाई सास ससुर पर शायरी भोजपुरी में : भोजपुरी गीत

काहे करी देहलू बुढौती में सास ससुर के आलगा ?
तहरा मिली का राष्ट्रपति जी के तरफ से कवनो तमगा ??
हो, तहरा मिली का...... 2

जीभ पर लगाम ना रखलूँ खाऐलू बर्गर पिज्जा
फूटली आंखे ननदी ना सुहाए
नाही सुहाले जिज्जा
काहे खोजतारू खिंचे के सलाद सालगा ?
हो तहरा मिली का...... 2

मुक्ति छुटकारा पईलू जब से तुहू चूल्हा चऊका लिपे से
मिलत नयीखे फुरसत तोहरा मोबाईल के बटनिया टिपे से
काहे जयनगर के छोड़ी के रहेके चाहतारू दरभांगा ?
हो,तोहरा मिली का..... 2

गनीमत बा कि पाले तू पड़लू ना खूँटातोड़ के
छाँटेलन प्रवचन जे भरल सभा में बेजोड़ के
जिनकर भितरिया मुड बड़ा गरम ह
बहरिया से देखावेलन निर्मलऽ गंगा !
हो,तोहरा मिली का..... 2

काहे कयी देहलू बुढौती में सास ससुर के आलगा ?
तहरा मिली का राष्ट्रपति जी के तरफ से कवऽनो तमगा??
हो तोहरा मिली का..... 2


गीतकार : कवि खूँटातोड़
छपरा/बिहार व देश के कवि
सं -क्र ९८९२० ४४५९३
Read More और पढ़ें:

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ