हमनी के हईं भोजपुरिया ए भाईजी Hamni Ke Hai Bhojpuri Ye Bhai Ji Bhojpuri Song
भोजपुरी
हमनी के हईं भोजपुरिया ए भाईजी,
हमनी के हईं भोजपुरिया-2
नून रोटी खाईले स जान दे कमाईले स -2
करिले ना केहू के जी हूजूरिया ए भाई जी हमनी के हईं भोजपुरिया-2
मोछिए पर हाथ रहल ऊँचा भईल माथ रहल -2
पहिनके रहल नईखीं कबहूँ चूड़िया ए भाई जी हमनी के हईं भोजपुरिया-2
भले हम गरीब बानी सबके करीब बानी-2
धरतीपुत्र कहाईले लगाके धुरिया ए भाई जी हमनी के हई भोजपुरिया -2
भोजपुरी के हईं वासी भोजपुर बाटे जईसे काशी-2
भीख ना माँगीं जोड़ अंजुरिया ए भाईजी हमनी के हईं भोजपुरिया-2
हमनी के हईं भोजपुरिया ए भाई जी हमनी के हईं भोजपुरिया-2
हमनी के हईं भोजपुरिया ए भाईजी हमनी के हईं भोजपुरिया-2
अरुण दिव्यांश 9504503560
पूर्णतः मौलिक एवं
अप्रकाशित रचना
दिव्यांश भाई के लिए विशेष जवाब.....
हम हैं वैशाली के छैला
तुझको पटा लूंगा लैला
हंस हंस के मिलता हूं सब से
रखता नहीं दिल हूं मैंला
ओ लैला....!
हिंदी उर्दू साहित्य संसार
0 टिप्पणियाँ