Ticker

6/recent/ticker-posts

तनिका लेहले अईह दुपहरिया में खायेके सतुआ के साथे आम के चटनी

भोजपुरी सॉन्ग, भोजपुरी लोकगीत Bhojpuri Song

6Bhojpuri Song

कहवां छुपल बारू आवऽ ना हाली आईल बा ठ्रेसर में करेके गंहूँ के कटनी।
हो तनिका लेहले अईह दुपहरिया में खायेके सतुआ के साथे आम के चटनी।।
हो तनिका लेहले...... २

भले कुछु करबू ना करबू सामने रहबू त ऊहे रही बल हो
लड़िकन गदेलन के घरही रहे द लईह मत संघे संघे दल बल हो
सोझा रहबू त तनिको ना बुझाई खटनी।
हो तनिका लेहले..... २

साथे साथे रहेलू त तनिको बुझाला ना थकान हो
काड़ा घाम में घाटा घिर जाला मारेलू जब मुसकान हो
खूँटातोड़ भूसवा बटोरिहें तू करीहऽ गंहू के छटनी।
हो तनिका लेहले अईहऽ....२
कहवां छुपल बारू आवऽ ना
हाली आईल बा ठ्रेसर में करेक गंहूँ के कटनी।
हो तनिका लेहले अईह दुपहरिया में खायेके सतुआ के साथे आम के चटनी।।
हो तनिका लेहले अईह...२
गीतकार :कवि खूँटातोड़
छपरा/बिहार

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ